For any Query/Feedback/Suggestion related to OBO, please contact:- admin@openbooksonline.com & contact2obo@gmail.com, you may also call on 09872568228(योगराज प्रभाकर)/09431288405(गणेश जी "बागी")

भोजपुरी साहित्य प्रेमी लोगन के सादर परनाम,
ओपन बुक्स ऑनलाइन परिवार पिछला कई महिना से हर महीने सफलता पूर्वक "OBO लाइव मुशायरा" अउर "OBO लाइव महा इवेंट" के आयोजन कर रहल बा, एह सफलता से उत्साहित होके रउआ लोगन खातिर एगो अउर अनूठा अउर अपना तरह के अंतरजाल पर एकलउता लाइव कार्यक्रम ले के आवत बा जेकर नाम बा "OBO लाइव विश्व भोजपुरी कवि सम्मेलन" एह कवि सम्मेलन मे विश्व के कोना कोना मे बईठल भाई, बहिन लोग भाग ले सकत बा अउर आपन भोजपुरी रचना के प्रस्तुति लाइव कर सकत बा साथ मे प्रस्तुति पर आपन टिप्पणी भी दे सकत बा लोगन |
कार्यक्रम के रूप रेखा :-
कार्यक्रम प्रारंभ  :- दिनांक १२, फरवरी दिन शनिवार
कार्यक्रम समाप्त :- दिनांक १३, फरवरी दिन रविवार 
नियम :-
१- रचना भोजपुरी मे ही होखे के चाही |
२- रचना अइसन होखे के चाही जेके आपन परिवार मे माई बहिन के साथ पढ़ आ सुन सकल जाव |
३- रचना पहिले से कवनो वेब साईट चाहे ब्लॉग पर पहिले से प्रकाशित ना होखे के चाही, अगर कवनो प्रिंट माध्यम मे प्रकाशित बा तब वोह रचना के प्रस्तुति के अनुमति बा |
४- रचना मौलिक माने आपन लिखल होखे के चाही कोई अउर के ना, एगो कवि आपन प्रस्तुति एक से अधिक बार दे सकत बाडन, बस ध्यान इहे रखे के बा की रचना के स्तर बनल रहे माने quantity के चक्कर मे Quality ख़राब न हो जाय |
५- अबही Reply बॉक्स बंद रही जवन ठीक कार्यक्रम प्रारंभ यानी की १२ तारीख लागते खोल दिहल जाई अउर १३ तारीख ख़तम भईला पर बंद कर देवल जाई |
६- अगर रउआ कवनो कारण से आपन रचना समय से पोस्ट करे मे असमर्थ बानी त आपन रचना इ-मेल admin@openbooksonline.com पर भेज दिही | राउर रचना एडमिन OBO द्वारा राउर नाम से पोस्ट कर देवल जाई, वईसे कोशिश करी की रउआ अपने से पोस्ट कर दिही |
७- रउआ अगर अबही ले ओपन बुक्स ऑनलाइन परिवार से नईखी जुडल त www.openbooksonline.com पर जाके sign up कर के OBO के मुफ्त सदस्यता ले लिही फिर भोजपुरी साहित्य समूह के ज्वाइन कर लिही |
८- अधिक जानकारी खातिर रउआ हमर इ-मेल ganesh3jee@gmail या मोबाइल नंबर ०९४३१२८८४०५ चाहे एडमिन OBO के इ-मेल admin@openbooksonline.com पर संपर्क कर सकत बानी |


राउर आपन ही
गनेश जी "बागी"    

Views: 8638

Replies are closed for this discussion.

Replies to This Discussion

बहुत बहुत धन्यवाद सत्येन्द्र भैया ...रुआ पसंद कर देनी इहे बहुत हमरा खतिर
jeeya ho ratnesh bhai jeeya.......bahut hi badhiya likhale bani bhai...chaple rahi aisehi...ruke ke naikhe....man khush bhail raur rachna dekhke
रत्नेश भैया, तू त एकदम ६-७ साल पाहिले भेज दिहला| केतनो पिटाई जा लेकिन उ माई बाबू जी के प्यार आजो न भुलाई जब मार के पछतात रहें लोग|
हम के याद बा एक बार माती उठावत रहलीं जा दुवारे, एक थे छोट भाई के चिढावत रहनी जा, बाबू जी मन कईलन, लेकिन न मनलिन जा| फिर त जीवन फौजी हाथ परल की एके हाथ में डगर के माती पर गिर गैलिन जा| याद बा ओह दिन पूरा दिन बाबू जी खाना न खईलन|
उ जमाना अजबे रहे| अब त ई शहर...................
एक दम बचपन के खांटी अभिव्यक्ति बधाई आपके पाठक जी |
बचपन की स्मृतियों को ताज़ा कर गईं ये पंक्तियाँ| रत्नेश जी बहुत सुन्दर|

एह घरी देश में आपन चरचा कुछ आम बा ,
चरचा में चरचा करीना खाश जेकर नाम बा ,

घोटाला घपलाबजी में राजनीत भी गर्माइल बा ,
सबसे बड घोटाला काइल स  उ रजा धराइल बा ,
करजा में डुबल खेतिहर फशरी लगा के मरेला,
लुट में लुटल पईसा स्विस बैंक में सरेला ,
भ्रष्टाचार के फैलत अजबे नया महामारी बा ,
पेट्रोल ,डीजल के बात छोड़ी सोना ,चाँदी भइल तरकारी बा
मुद्दा बना के महंगाई के रोज सडक होत जाम बा,
चरचा में चरचा करीना खाश जेकर नाम बा ,

देश के निति नियम में  होत नया बदलाव बा ,
आरक्षण,योन शिक्ष पर होत रोज बवाल बा
करे परमाणु पाक परिक्षड़ चिंता बड़ी सतावेला ,
अरुणाचल में आधा चीन काहें बतावेला ,
उल्फा उग्र वादी ,मावोवादी में गोली होत जियान बा ,
चरचा में चरचा करीना खाश जेकर नाम बा ,

चलत राही में देवी देश के छेडल जाली ,
कर्म कुकर्म  के करतब बदता हाली हाली ,
दान दहेज़ जस चलन से बाप मन मधुआइल बा ,
पइसा खातिर जारल गइली ह खबर अइसन  आइल बा ,
अइसन घटना में पइसेवाला के ऊपर नाम बा ,
चरचा में चरचा करीना खाश जेकर नाम बा ,

मचल लड़ाई घरही में बा दम कतना कवना पाटी में ,
सोचेवाला भी नइखन सोचत मरे जवान रोज घाटी में ,
नेता लोग मस्त मगन बन  अपने में अझुराइल बा ,
जनता  भी देखनहरू बन के अपने में भुलाइल बा ,
होता जवान होखे केकरा केकरा से काम बा ,
चरचा में चरचा करीना खाश जेकर नाम बा ,

मेला बड़का लागल बा देश में खेल तमाशा के ,
चरचा बड़ा जोर के होला बिकनी अउर बिपाशा ,
कुछ किरण के  ज्योति कबो कबो चमकेला ,
हिंदुस्तान के माती से  जब ज्वाला बामकेला,
बड ना होला कबो केहू सबसे बड इमान बा ,
चरचा में चरचा करीना खाश जेकर नाम बा ,

-बृज

बहुत बहुत स्वागत बा ब्रिज भूषण भाई, राउर रचना पढ़ के बहुत निक लागल, एक ही रचना मे सबकुछ धर दिहले बानी,

घोटाला, घपलेबाजी, महंगाई ,आरक्षण , यौन शिक्षा , चीन के बदनीयति,उग्रवाद , छेड़खानी ,दहेज़ राजनीति , अश्लीलता ......और भी बहुत कुछ सब एक रचना मे , कमाल बा भाई , राउर लेखनी के सत सत नमन हमार , और एह शानदार प्रस्तुति पर ह्रदय से बधाई स्वीकार करी |

बहुत बहुत धन्यवाद बा भईया राऊआ सब के प्रयाश बड़ा सराखे जोग बा,
 ए साईट के  इ हमार पहिला पोस्ट कइल रचना ह .....आगे भी जारि रही ,
आशा अउर विश्वाश बा भोजपुरी साहित्य शिक्षा के बढावा देबे में इ मिल के पत्थर साबित होई ...
swagat baa brij jee raur ee pahila rachna ke dil se......bahut badhiya likhale bani bhai jee...likhat rahi aisehi
bilkul. ...ago sakaratmak  kosis rahi .....................

bahut hi sundar tarika se raua sara mudda ke eh rachna me sametale bani brij jee....

bahut bahut dhanywad 

स्वागत बा भाई..............

RSS

कृपया ध्यान दे...

आवश्यक सूचना:-

1-सभी सदस्यों से अनुरोध है कि कृपया मौलिक व अप्रकाशित रचना ही पोस्ट करें,पूर्व प्रकाशित रचनाओं का अनुमोदन नही किया जायेगा, रचना के अंत में "मौलिक व अप्रकाशित" लिखना अनिवार्य है । अधिक जानकारी हेतु नियम देखे

2-ओपन बुक्स ऑनलाइन परिवार यदि आपको अच्छा लगा तो अपने मित्रो और शुभचिंतको को इस परिवार से जोड़ने हेतु यहाँ क्लिक कर आमंत्रण भेजे |

3-यदि आप अपने ओ बी ओ पर विडियो, फोटो या चैट सुविधा का लाभ नहीं ले पा रहे हो तो आप अपने सिस्टम पर फ्लैश प्लयेर यहाँ क्लिक कर डाउनलोड करे और फिर रन करा दे |

4-OBO नि:शुल्क विज्ञापन योजना (अधिक जानकारी हेतु क्लिक करे)

5-"सुझाव एवं शिकायत" दर्ज करने हेतु यहाँ क्लिक करे |

6-Download OBO Android App Here

हिन्दी टाइप

New  देवनागरी (हिंदी) टाइप करने हेतु दो साधन...

साधन - 1

साधन - 2

Latest Activity


सदस्य टीम प्रबंधन
Saurabh Pandey commented on Nilesh Shevgaonkar's blog post ग़ज़ल नूर की - आँखों की बीनाई जैसा
"वाह, हर शेर क्या ही कमाल का कथ्य शाब्दिक कर रहा है, आदरणीय नीलेश भाई. ंअतले ने ही मन मोह…"
4 hours ago
Sushil Sarna posted blog posts
4 hours ago

सदस्य टीम प्रबंधन
Saurabh Pandey commented on Sushil Sarna's blog post दोहा सप्तक. . . लक्ष्य
"कैसे क्यों को  छोड़  कर, करते रहो  प्रयास ।  .. क्या-क्यों-कैसे सोच कर, यदि हो…"
4 hours ago
Ashok Kumar Raktale commented on Ashok Kumar Raktale's blog post मनहरण घनाक्षरी
"  आदरणीय गिरिराज जी सादर, प्रस्तुत छंद की सराहना के लिए आपका हृदय से आभार. सादर "
5 hours ago
Ashok Kumar Raktale commented on लक्ष्मण धामी 'मुसाफिर''s blog post मौत खुशियों की कहाँ पर टल रही है-लक्ष्मण धामी 'मुसाफिर'
"  आदरणीय भाई लक्षमण धामी जी सादर, वाह ! उम्दा ग़ज़ल हुई है. हार्दिक बधाई स्वीकारें.…"
5 hours ago
Ashok Kumar Raktale commented on Sushil Sarna's blog post दोहा सप्तक. . . . विविध
"  आदरणीय सुशील सरना साहब सादर, सभी दोहे सुन्दर रचे हैं आपने. हार्दिक बधाई स्वीकारें. सादर "
6 hours ago
Sushil Sarna commented on Sushil Sarna's blog post दोहा सप्तक. . . उल्फत
"आदरणीय सौरभ पाण्डेय जी सृजन के भावों को आत्मीय मान से अलंकृत करने का दिल से आभार"
6 hours ago

सदस्य कार्यकारिणी
गिरिराज भंडारी commented on Nilesh Shevgaonkar's blog post ग़ज़ल नूर की - आँखों की बीनाई जैसा
"आदरणीय नीलेश भाई , खूबसूरत ग़ज़ल के लिए बधाई आपको "
10 hours ago

सदस्य कार्यकारिणी
गिरिराज भंडारी commented on अमीरुद्दीन 'अमीर' बाग़पतवी's blog post ग़ज़ल (जो उठते धुएँ को ही पहचान लेते)
"आदरणीय बाग़पतवी भाई , बेहतरीन ग़ज़ल कही , हर एक शेर के लिए बधाई स्वीकार करें "
10 hours ago
Sushil Sarna commented on Sushil Sarna's blog post दोहा दशम -. . . . . शाश्वत सत्य
"आदरणीय शिज्जू शकूर जी सृजन के भावों को मान देने का दिल से आभार आदरणीय । आपके द्वारा  इंगित…"
13 hours ago
Mayank Kumar Dwivedi commented on Mayank Kumar Dwivedi's blog post ग़ज़ल
"सादर प्रणाम आप सभी सम्मानित श्रेष्ठ मनीषियों को 🙏 धन्यवाद sir जी मै कोशिश करुँगा आगे से ध्यान रखूँ…"
13 hours ago

सदस्य कार्यकारिणी
शिज्जु "शकूर" commented on Sushil Sarna's blog post दोहा दशम -. . . . . शाश्वत सत्य
"आदरणीय सुशील सरना सर, सर्वप्रथम दोहावली के लिए बधाई, जा वन पर केंद्रित अच्छे दोहे हुए हैं। एक-दो…"
17 hours ago

© 2025   Created by Admin.   Powered by

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service