For any Query/Feedback/Suggestion related to OBO, please contact:- admin@openbooksonline.com & contact2obo@gmail.com, you may also call on 09872568228(योगराज प्रभाकर)/09431288405(गणेश जी "बागी")

Rash Bihari Ravi's Blog – April 2010 Archive (21)

महुआ ,

महुआ ,

एगो उ दिन रहे ,

एगो आज के दिन बा ,

इ ओह दिनों पुछात रहे ,

आजो पुछात बा,

अंतर एतने बा ,

कलह घर बसवात रहे ,

आज घर उजारत बा ,

महुआ ,

एगो उ दिन रहे ,

एगो आज के दिन बा ,

महुआ टपकल ,

घरे आइल ,

लपसी बनल

मजा आइल ,

अब लपसी कहा भेटात बा .

महुआ ,

एगो उ दिन रहे ,

एगो आज के दिन बा ,

महुआ सुखल ,

खूब भुजाइल ,

तीसी के संगे ,

लाटा कुटाइल ,

अब लाटा कहा भेटात बा ,

महुआ ,

एगो उ दिन… Continue

Added by Rash Bihari Ravi on April 30, 2010 at 5:11pm — 3 Comments

स्वागत

स्वागत

आज समय बदल गइल ,

स्वागत के अंदाज बदल गइल ,

पाहिले घर में मेहमान आई ,

मिश्री मिठाई से स्वागत काइल जाई ,

अब चाय बिस्कुट से काम चल जात बा ,

आज समय बदल गइल ,

स्वागत के अंदाज बदल गइल ,



पाहिले मेहमान के आईला पर ,

लाईकन के चेहरा पर ,

खुसी छा जाई ,

की आज घरे मिठाई आई

आउर आज लाईकन के चेहरा उतार जाई ,

काहे की फ्रिज के मिठाई ओरा जाई ,

आज समय बदल गइल ,

स्वागत के अंदाज बदल गइल ,



पाहिले नेता खातिर लोग… Continue

Added by Rash Bihari Ravi on April 30, 2010 at 5:09pm — 3 Comments

''बबुआ के प्यार हो गइल''

''बबुआ के प्यार हो गइल''

समय के संगे सब कुछ बदलत जात बा, अब तुही सुनS महेश्वर के बेटा का कहत बा ? इ बात हरी काका कहत रहलन दुखन ठाकुर से, जे उनकर दाढ़ी बनावत रहूअन, दुखन ठाकुर कहलन "का कहत बा काका" , काका कहलन मत पूछा, घोर कलयुग आ गइल बा, ओकरा शादी खातिर एगो हित बोलावले रहनी ह, दुखन कहले, हा हम सुनले रहनी की कोई हित आइल रहे, हमहू इंतजार करते रह गइनी की हमके केहू बुलावे आई, की चलS छेका बा, बाकिर केहू न आइल, त काका कहले, कैसे कोई जाईत हो उ कल्हे के छोकरा कहत बा, ओ लाईकी से हम कईसे शादी कS ली… Continue

Added by Rash Bihari Ravi on April 29, 2010 at 4:30pm — 1 Comment

कही बम चले कही गोली ,

कही बम चले कही गोली ,

केहू खेले खून से होली ,

स्वर्ग में बाईठाल बापू देखे ,

हिंद में इ का हो रहल बा ,

अइसन सोचले ना रहनी ,

अइसन सोचले ना रहनी ,



खून देबा आजादी देहब ,

रहे नेता जी के नारा ,

भारत स्वर्ग से सुन्दर होखे ,

सपना रहे प्यारा ,

उहो स्वर्ग में इहे कहिअन,

अइसन सोचले ना रहनी ,

अइसन सोचले ना रहनी ,



खुद से बढ के देश से प्यार .

सहल लोग उ अत्याचार ,

सपना के साकार करेला ,

फंदा लागल फुल के हर ,

ओहू… Continue

Added by Rash Bihari Ravi on April 29, 2010 at 3:18pm — 3 Comments

मोदी के बहाने इ बात देश में आइल बा ,

मोदी के बहाने इ बात देश में आइल बा ,

का केहू के बरका एतना उचित बनावल बा ,

छुट देके खुबे कमा के त्गानरी खिचाइल बा ,

मोदी के बहाने इ बात देश में आइल बा ,

तिन साल पाहिले सब कुछ मोदी रहले ,

अब कुछ नइखन उ सब इ चिला के कहले,

अरबो घोटाला भइल मॉल कहा उ गइल,

एकर जानकारी ना लिआईल सस्पेंसन दिआइल,

सोची ना मोदी के संगे केकर हाथ रंगाइल बा ,

मोदी के बहाने इ बात देश में आइल बा ,

बरका बरका टीम बनल आई सी एल के मिटावे ला ,

इहो एकछत्र राज कईलन घर भरावे ला… Continue

Added by Rash Bihari Ravi on April 26, 2010 at 12:43pm — 3 Comments

लोग कहेला तोहके तेंदुलकर , हम कहब कमालकर,

बधाई हो बधाई ,

भाई तोहके बधाई ,

भारत रत्न के उपाधि ,

भाई तहरा नइखे जरुरी ,

तोहके भारत रत्न बनावल ,

बा हमनी के मज़बूरी ,

एक से आखिरी तक ,

तोहरा लगे केहू लउकत नइखे ,

दस साल पाहिले तू काबिल रहला ,

अभी आख खुलल हा सबके ,

देर आइल दुरुस्त आइल ,

अबकिर सरकार के काम बढ़िया बा ,

लोग जवान कहे ला ,

ओकरा के झुठलावे ला ,

जब जरुरत परेला ,

आपन बल्ला चलावे ला ,

लोग कहत रहे २०-२० ,

नया खून के खेला हा ,

बीस बरस से चल रहल बा… Continue

Added by Rash Bihari Ravi on April 24, 2010 at 11:51am — 3 Comments

आई पि एल में भइल बा बवाल ,

आई पि एल में भइल बा बवाल ,
कारन राउआ जान लिही,
बन गइल रहल हा नाक के सवाल ,
इहो राउआ मान लिही ,
मोदी जे कुछु लिखले ,
बिरोध थरूर कईले ,
हाथ से गइल कमान ,
अब संसद में भइल बा बवाल ,
इहो राउआ जान लिही ,
आगे के सुनी बात ,
मोदी ता कईले घात ,
तिने साल में देबे लागले ,
टैक्स हजार से लाखो में ,
टीम के मालिक फस गइल बा लोग ,
इनकार ब्लॉग के चक्कर में ,
उ ब्लॉग रहे बोम के सामान ,
इहो राउआ मान लिही ,

Added by Rash Bihari Ravi on April 23, 2010 at 3:08pm — 1 Comment

अब हम काहे ना डरी डरे के कारन बा ,

हम काहे डरी डरे के कारन का ,

एक बेर एगो मुह्हला में ,

एगो आदमी घर बनावत रहे ,

मुह्हला के दादा रूपी इन्सान ,

ओकरा लगे बराबर आवत रहे ,

बार बार ओकरा से पाईसा मांगे ,

आउर ओके धमकावत रहे ,

उ इहे काहे हम काहे दिही ,

हम काहे डरी डरे के कारन का ,

उ दादा कहलस बाबु इ जान ला ,

पाईसा देबा हम सुरक्षा देम ,

कवनो परेशानी न होखे देम ,

रात में आराम से सुताबा ,

हम कहानी हमारा तोहसे ना,

जब पुलिश बा ता तहार का काम,

हम काहे डरी डरे के कारन… Continue

Added by Rash Bihari Ravi on April 22, 2010 at 1:00pm — 2 Comments

आइ पि एल के जिन ,

आइ पि एल के जिन ,
अब निकलत बाटे ,
एकर असर हिंदुस्तान में ,
अब दिखत बाटे,
केतना लोग लुटलस ,
केतना लोग लूटे के फ़िराक में ,
केतना जाना जइहे ,
भईया तेरह के भाव में ,
लुट खसोट के बढ़िया रास्ता ,
लगत ता इ बा ,
मंत्री लोग त नेह लगवलस ,
अब करी लोग तोबा ,
जे ना लुटलस उ कहत बा ,
हम नईखी येमे ,
बरका बरका के हालत ,
कईलस इ ख़राब ,
आइ पि एल के मतलब ,
जान जाई जनाब ,
आइ से इंडियन ,
पि से पोलटिक्स ,
एल से लिंग ,

Added by Rash Bihari Ravi on April 20, 2010 at 7:00pm — 1 Comment

ये भगवन तनी सुना हमार हो ,

ये भगवन तनी सुना हमार हो ,

कवनो मंत्री से हो जाइत प्यार हो ,

हमारा ता आगे पीछे उहो लुटाइती,

पईसा कमाए के रास्ता दिखाइती ,

लोग आगे पीछे घूमते हमारा हजार हो ,

ये भगवन तनी सुना हमार हो ,

हो हाला मचित तब सफाई देती ,

नहीं उ कबो हमारा से मुह फेरती ,

चाहे जे राजपाठ जाईत होइती बेकार हो ,

ये भगवन तनी सुना हमार हो ,

आइसन प्रेमी परभू हमरा के दिहा ,

देश जाये भार में खली हमारे के सोचिहन ,

अइसन निगोरी से ता पटी ना हमार हो ,

देस खातीर काटी देहब… Continue

Added by Rash Bihari Ravi on April 19, 2010 at 5:21pm — 3 Comments

हम भोजपुरिया हई भाई हो बिहार के ,

हम भोजपुरिया हई भाई हो बिहार के ,

जन देई देहब जे मंगबा तू प्यार से ,

हम भोजपुरिया हई हो बिहार के ,

छपरा में घर बाटे थाना हटे एकमा ,

परसा गढ़ से ता आगे केशरी बाज़ार बा ,

ओही जा त मठिया में भाई घर हमर बा ,

हमारा से मिले के बा तब जानी एतना,

कोल्कता में रही ले फिल्म हमार सपना ,

तिरहाटी आ जयेम मिलन होई यार के ,

हम भोजपुरिया हई भाई हो बिहार के ,

ट्रांसपोर्ट में नोकरी करीले इ ता रउआ जानी ,

दोस्त के हम दोस्त हई इ ता रउआ मानी

अइसन जमाना आइल बाटे… Continue

Added by Rash Bihari Ravi on April 19, 2010 at 3:38pm — 2 Comments

सबसे सुन्दर सबसे प्यारा बा हमार हिंदुस्तान ,

सबसे सुन्दर सबसे प्यारा बा हमार हिंदुस्तान ,

एकरा खातिर हरदम हाजिर बाटे हमार जान ,

दुख रहेला हमारा ना आईनी एकरा काम ,

धन्य रहले भगत सिंह धन्य उनकर काम ,

समय परी ना पीछे हटब दे देम आपन जान ,

सबसे सुन्दर सबसे प्यारा बा हमार हिंदुस्तान ,

गाँधी जी के सत्य अहिंसा सुभास के संग्राम ,

कुवर सिंह के बात जानी मस्त रहले आजाद ,

जे भी मरल देश के खातिर ओकर इहे चाह ,

हिंदुस्तान बिस्वा के दिखावे हर दम नया राह,

एकरा खातिर उहे सोची जे होई एकर संतान ,

सबसे… Continue

Added by Rash Bihari Ravi on April 19, 2010 at 3:03pm — 1 Comment

हेलो तू के बोलत बारु ,.......

हेलो तू के बोलत बारु ,.......

फुल झारी कहवा से ..........

देवरिया अरे हम ता छपरा मिलवाले रहनी हा ,.................

अच्छा हमार बात रौआ आच्छा लगत बा .......................

का कहानी फेर से फोन करेम ........

बाकिर राउर नंबर नइखे हमारा लागे ...............

कैसे फोन कईनि हा रोंग नोमाबर लागल बा..................

ओह लिख ली ता बोली ..........................

९३३५............ठीक बा फोन करब ,



जय हो जय हो फोन बाबा के जय हो ,

एगो बीबी रहल एगो महबूबा… Continue

Added by Rash Bihari Ravi on April 15, 2010 at 8:33pm — 5 Comments

इ त अक्सर होला इ काहे होला जी ,

इ त अक्सर होला इ काहे होला जी ,

घर बढ़िया पाके दुलहिनिया रोये ली ,

माई के बदले सास भाई के बदले देवर जी ,

छोटकी बहिनिया जइसन ननदी जे होली ,

बाबु जी कमी पूरा करे ले ससुर जी ,

तबहू ना जाने काहे रहे ली उदास ,

मिले ले सजन जे रहेले उनका पास ,

कवन दुःख बाटे इ त ना बुझाला जी ,

घर बढ़िया पाके दुलहिनिया रोये ली ,

इ हो त सोचे के बाटे हो बतिया ,

नायकी कनिया आपन घर ना माने ली ,

ससुरा में कुछ नाहि नैहर में सब कुछु ,

इहे त मनवा में इहे उहो जाने ली… Continue

Added by Rash Bihari Ravi on April 9, 2010 at 5:43pm — 3 Comments

महुआ की बेटी कमल कर के छोर दी ,

महुआ की बेटी कमल कर के छोर दी ,

ये पगल सब को निहाल कर के छोर दी ,

असली समाजबाद येही तो लाती हैं ,

एक ही थाली में सब को खिलाती है ,

खिरकी से झाक कर पैमाल कर के छोर दी,

महुआ की बेटी कमल कर के छोर दी ,



बाबा जी बनिया या राजपूत चमार के ,

चवर में ले जाती कनखी से मार के ,

बाप जी बेटा जी हाकिम चपरासी जी ,

इसके सेवकाई में लग गए सन्यासी जी ,

पूरा बिहार के बंगाल कर के छोर दी ,

महुआ की बेटी कमल कर के छोर दी ,



देखिये धनान्त्री की कलसा… Continue

Added by Rash Bihari Ravi on April 7, 2010 at 2:44pm — 2 Comments

हमर मन कहत बा ,

हमर मन कहत बा ,

जेतना नेता बा लोग ,

ओ लोग के दे दी लम्बा छुट्टी ,

छुट्टी पर जे ना जाई ,

ओ लोग के राऊआ इ बुझी ,

इ चोर के सरदार हा,

हमर मन कहत बा

येके गोली मारी,

इ ता देश के लुटी ,

एकरा के छोरी मत ,

जल्दी तारा (चाहेटी) करी ,

आज के नेता अब नइखन ,

भाई हो देश के बेटा ,

हमर मन कहत बा,



गेरुआ देख के अब राऊआ ,

झट से सर ना झुकाई,

भक्ति से सरबोर कम ,

बेसी गुंडा पाइब ,

पता चलल गेरुआ वाला ,

कुछ बाबा दलाली… Continue

Added by Rash Bihari Ravi on April 2, 2010 at 6:56pm — 5 Comments

मास्टर बलास्टर रन मशीन कहल जाला सचिन के ,

मास्टर बलास्टर रन मशीन कहल जाला सचिन के ,
भरेसे मंद आउर दिवार नाम राहुल द्रविर के ,
धोनी तूफान बन के आइले उर ग़ाईळ महाराजा .
युवराज के देख के कपिल के याद भइल ताजा ,
कुछु कही बात एगो बाटे जेहन में रहिआन दादा ,
बिरेंदर अइसन बीर खिलारी भज्जी के सहारा ,
सपना कब पूरा होई आई बिश्वा कप दोबारा ,
शान ता गौतम पठान के बात न्यारा ,
बड़े एक से एक धुरंधर , राज नित के सहारा ,
एकरा के आगे बधाई नेता बाहर करी गिन के ,
मास्टर बलास्टर रन मशीन कहल जाला सचिन के ,

Added by Rash Bihari Ravi on April 2, 2010 at 4:41pm — 6 Comments

हम बाबा बन के लुटब ,

सोचत बानी हम ,

हम बाबा बन के लुटब ,

जवान देश में होखे ,

बरका बरका मुरख ,

उहा काहे हम ,

अपन नसीब के कुटब,

सोचत बानी हम ,

हम बाबा बन के लुटब ,

रोज सुबेरे पाठ पढ़ाएम ,

सदा जीवन जिये के ,

संगे इ तरकीब लगायेम,

अपन पाकिट भरे के ,

लोग जे हम पे बिस्वास करी ,

जंगली पता घुटब,

सोचत बानी हम ,

हम बाबा बन के लुटब ,

बाजार में जब नाम होई ,

आपन दवाई बेचाब ,

संगे संगे कुछ नेता लेम ,

आपन पाटी ठोकब,

नेता लोग जैसे… Continue

Added by Rash Bihari Ravi on April 1, 2010 at 7:30pm — 10 Comments

शांति आदमी के कमजोर बना देला ,

शांति आदमी के कमजोर बना देला ,
शक्ति इन्सान के सैतान बना देला ,
अगर सम्पति पाके जे संभल गइल ,
ओकर स्वरुप भगवान के रूप होला .
सैयम के संगे सादगी ता सफलता मिली ,
आउर समृधि अपने आप होई ,
त संस्कार खिली ,
जब स्वास्थ बढ़िया रही त सन्मान मिली ,
आउर सरस्वती जहा रहिआन ,
त उहा स्नेह मिलबे करी ,
जब सनेह मिली ता उहा शांति रही ,
ता रौआ जानते बानी ,
शांति आदमी के कमजोर बना देला ,

Added by Rash Bihari Ravi on April 1, 2010 at 6:59pm — 5 Comments

जीवन हमार लेके आइल बहार ,

जीवन हमार लेके आइल बहार ,
हमारा तोहरा से प्यार हो गइल,
नाही रतिया के नींद ,
नाही दिन के करार ,
इ ता जीवन हो गइल तोहर,
हमारा तोहरा से प्यार हो गइल,
जेने देखि ओने तुही दिखेलु ,
मनवा पे हमारा तू राज करेलू ,
लगे आवेलु आवे ला बहार ,
हमारा तोहरा से प्यार हो गइल,
सपना में तुही खुली अखीया में तुही ,
हर दम हमारा बतिया में तुही ,
दूर जालू ता तरपे मन हमार ,
हमारा तोहरा से प्यार हो गइल,

Added by Rash Bihari Ravi on April 1, 2010 at 6:40pm — 5 Comments

कृपया ध्यान दे...

आवश्यक सूचना:-

1-सभी सदस्यों से अनुरोध है कि कृपया मौलिक व अप्रकाशित रचना ही पोस्ट करें,पूर्व प्रकाशित रचनाओं का अनुमोदन नही किया जायेगा, रचना के अंत में "मौलिक व अप्रकाशित" लिखना अनिवार्य है । अधिक जानकारी हेतु नियम देखे

2-ओपन बुक्स ऑनलाइन परिवार यदि आपको अच्छा लगा तो अपने मित्रो और शुभचिंतको को इस परिवार से जोड़ने हेतु यहाँ क्लिक कर आमंत्रण भेजे |

3-यदि आप अपने ओ बी ओ पर विडियो, फोटो या चैट सुविधा का लाभ नहीं ले पा रहे हो तो आप अपने सिस्टम पर फ्लैश प्लयेर यहाँ क्लिक कर डाउनलोड करे और फिर रन करा दे |

4-OBO नि:शुल्क विज्ञापन योजना (अधिक जानकारी हेतु क्लिक करे)

5-"सुझाव एवं शिकायत" दर्ज करने हेतु यहाँ क्लिक करे |

6-Download OBO Android App Here

हिन्दी टाइप

New  देवनागरी (हिंदी) टाइप करने हेतु दो साधन...

साधन - 1

साधन - 2

Latest Activity

लक्ष्मण धामी 'मुसाफिर' shared their blog post on Facebook
8 hours ago
धर्मेन्द्र कुमार सिंह commented on धर्मेन्द्र कुमार सिंह's blog post देश की बदक़िस्मती थी चार व्यापारी मिले (ग़ज़ल)
"बहुत बहुत शुक्रिया आदरणीय Ravi Shukla जी"
8 hours ago
धर्मेन्द्र कुमार सिंह commented on धर्मेन्द्र कुमार सिंह's blog post देवता चिल्लाने लगे हैं (कविता)
"बहुत बहुत शुक्रिया आदरणीय Ashok Kumar Raktale जी"
8 hours ago
Awanish Dhar Dvivedi posted a blog post

माँ

माँ यह शब्द नहींं केवलइस जग की माँ से काया है। हम सबकी खातिर अतिपावन माँ के आँचल की छाया है।१।माँ…See More
Tuesday
Dayaram Methani replied to Admin's discussion अति आवश्यक सूचना : कृपया अवश्य अवगत हों .....
"अगर आप यों घबरा कर मैदान छोड़ देंगे तो जिन्होने एक जुट होकर षड़यन्त्र किया है वे अपनी जीत मानेंगे।…"
Tuesday
अजय गुप्ता 'अजेय replied to Admin's discussion अति आवश्यक सूचना : कृपया अवश्य अवगत हों .....
"अब, जबकि यह लगभग स्पष्ट हो ही चुका है कि OBO की आगे चलने की संभावना नगण्य है और प्रबंधन इसे ऑफलाइन…"
May 18
amita tiwari posted a blog post

बहुत सोचती हैं क्यों ये औरतें

बहुत सोचती हैं क्यों ये औरतें बेगुनाही और इन्साफ की बात क्यों सोचती हैं ये औरतें चुपचाप अहिल्या बन…See More
May 15
amita tiwari commented on amita tiwari's blog post गर्भनाल कब कट पाती है किसी की
" मान्य,सौरभ पांडे जीआशीष यादव जी , , ह्रदय से आभारी हूँ. स्नेह बनाए रखियगा | सौरभ जी ने एक…"
May 14

सदस्य टीम प्रबंधन
Saurabh Pandey commented on amita tiwari's blog post बहुत सोचती हैं क्यों ये औरतें
"आदरणीया अमिताजी, तार्किकता को शाब्दिक कर तटस्थ सवालों की तर्ज में बाँधा जाना प्रस्तुति को रुचिकर…"
May 14

सदस्य टीम प्रबंधन
Saurabh Pandey commented on लक्ष्मण धामी 'मुसाफिर''s blog post हरकत हमें तो वैद की रखती तनाव में -लक्ष्मण धामी 'मुसफिर'
"आदरणीय लक्ष्मण धामी जी, आपकी प्रस्तुति निखर कर सामने आयी है. सभी शेर के कथ्य सशक्त हैं और बरबस…"
May 14

सदस्य टीम प्रबंधन
Saurabh Pandey replied to Admin's discussion अति आवश्यक सूचना : कृपया अवश्य अवगत हों .....
"आदरणीय नीलेश भाई, आपका स्वागत है.     करेला हो अथवा नीम, लाख कड़वे सही, लेकिन रुधिर…"
May 14
Nilesh Shevgaonkar replied to Admin's discussion अति आवश्यक सूचना : कृपया अवश्य अवगत हों .....
"आदरणीय बाग़ी जी एवं कार्यकारिणी के सभी सदस्यगण !बहुत दुखद है कि स्थिथि बंद करने तक आ गयी है. आगे…"
May 13

© 2026   Created by Admin.   Powered by

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service