For any Query/Feedback/Suggestion related to OBO, please contact:- admin@openbooksonline.com & contact2obo@gmail.com, you may also call on 09872568228(योगराज प्रभाकर)/09431288405(गणेश जी "बागी")

 

बतकही ( गपसप ) अंक ३

 
हमके बस से उतरत देख लछुमन भाई जोर से आवाज लगवले प्रणाम गुरु जी, इ का रउआ बाइक से आइल गइल बंद क देनी का ? त हम कहनी की न हो लछुमन भाई हम बाइक चलावल नइखी छोडले, बाकिर का करी पीठ के दर्द से परेशान होके डाक्टर के लगे गइनी आउर उनकर तुगलकी फरमान की बाइक कुछ दिन खातिर बंद कर द, ना त हमेशा खातिर तरस जइब, तबसे हम छोड़ देनी, तब लछुमन भाई हस के कहलन जय हो गुरु जी के ! रउआ बड़ा बढ़िया लाज पचावे आवे ला, तब हम कहनी का कहत बाड़ भाई हम का लाज पचावत बानी, त उ कहलन हम ठीक कहत बनी रउआ पीठ के दर्द के वजह से बस से आवत जात बानी त गुरुआइन के किरिया खा के बोली की इ बात सही बा, तब हम का करी लछुमन भाई के हकीकत बतावे पर हम मजबूर हो गईनी आउर उ हमार घाव कुरेद देले रहलन, हमरा चेहरा के आवत जात भाव देख के उ कहलन अब सच बोलिए दी, तब हम कहनी जब हम पहिला बेर बाइक लेले रहनी त पेट्रोल लगभग १८ रूपया लीटर रहे आउर वो बेरा कंपनी से पेट्रोल खातिर ७०० मिळत रहे, जब इ बाइक लेहनी त पेट्रोल ३५ रूपया के आस पास रहे आउर कंपनी १००० रूपया देबे लागल, ऐने दू तीन साल में पेट्रोल के दाम सुरसा के मुह लेखन बढ़ गइल, कंपनियो मेहरबानी कईलस अब १४०० रूपया मिले लागल बाकि पेट्रोल में ३००० रूपया खर्च हो जात रहल ह, जवना से घर के बजट बिगड गइल रहल ह, बाकिर का करी जईसे शेर के मुहे मांस लाग जाला वैसही हमरा एकरा से लगाव हो गइल रहल हा, जब पिछला सप्ताह ५ रूपया बढल ह आउर टंकी फुल करावे में ५० रूपया पाकिट से एक्स्ट्रा निकलल ह त हमार अकिल खुलल ह बाकिर मन कहलस... बिच में टोकले लछुमन भाई, का कहलस राउर मन ?  उ त बाद में बताइब पाहिले चाय द, उ चाय देहले हम चुस्की लेके शुरू हो गइनी, पईसा जादा लागत बा त का ह, आराम से आ जात बानी नु आउर गाड़ी चलत जात रहुये, बाकिर भला होखे वो लोग के जे एकरा बिरोध में पेट्रोल पम्प बंद कइल लोग आउर गाड़ी में पेट्रोल ना रहे के कारण हम बस पर चढ़ गइनी, आउर शाम के आके जोड़नी कि आज आवे जाये में १६ रूपया खर्च भइल यानि महिना के ४८० रुपिया आउर पेट्रोल में लागत रहे दाम बढ़ला पर ३१५० रूपया यानि बचत २६७० रूपया महिना, साल के ३२०४० रूपया १९ साल नोकरी बा यानि ६,१८,७६० रूपया के बचत अब तुही बतावs हम बाइक पर कईसे चढ़ी , तब लछुमन भाई कहलन बड़ा बढ़िया बात बतवनी गुरु जी एकरा खातिर रउआ के धन्यवाद, तब हम कहनी एकरा खातिर हमके ना मनमोहन बाबु आउर सोनिया जी के धन्यवाद द की इहा लोगिन तेल के बेलगाम कर देनी लोग आउर ओकरा वजह से हमरा अइसन आदमी के इ बचत होखे वाला बा, फिर हम उनके राम सलाम क के उहा से चल देनी पीछे से आवाज हमरा कान में पडल जय हो गुरु जी के !

Views: 747

Replies to This Discussion

जय हो गुरूजी, इ सोरहो आने सांच बा की आज के बखत लाज आ इज्जत बचावल आ पचावल बड़ जोखिम के काम हो गइल बा. पूछे वाला लक्ष्मण के का दोष बा,दोष त अपना देश के नसीब के बा-जे महंगाई, बुराई,बेवफाई, बेहयाई, रुसवाई अउरी आपस के लड़ाई से बेदम हो गइल बा.
jai ho satish bhai

RSS

कृपया ध्यान दे...

आवश्यक सूचना:-

1-सभी सदस्यों से अनुरोध है कि कृपया मौलिक व अप्रकाशित रचना ही पोस्ट करें,पूर्व प्रकाशित रचनाओं का अनुमोदन नही किया जायेगा, रचना के अंत में "मौलिक व अप्रकाशित" लिखना अनिवार्य है । अधिक जानकारी हेतु नियम देखे

2-ओपन बुक्स ऑनलाइन परिवार यदि आपको अच्छा लगा तो अपने मित्रो और शुभचिंतको को इस परिवार से जोड़ने हेतु यहाँ क्लिक कर आमंत्रण भेजे |

3-यदि आप अपने ओ बी ओ पर विडियो, फोटो या चैट सुविधा का लाभ नहीं ले पा रहे हो तो आप अपने सिस्टम पर फ्लैश प्लयेर यहाँ क्लिक कर डाउनलोड करे और फिर रन करा दे |

4-OBO नि:शुल्क विज्ञापन योजना (अधिक जानकारी हेतु क्लिक करे)

5-"सुझाव एवं शिकायत" दर्ज करने हेतु यहाँ क्लिक करे |

6-Download OBO Android App Here

हिन्दी टाइप

New  देवनागरी (हिंदी) टाइप करने हेतु दो साधन...

साधन - 1

साधन - 2

Latest Blogs

Latest Activity

vijay nikore commented on vijay nikore's blog post सुखद एकान्त है या है अकेलापन
"प्रिय अशोक कुमार जी,रचना को मान देने के लिए हार्दिक आभार। -- विजय"
6 hours ago
vijay nikore commented on vijay nikore's blog post सुखद एकान्त है या है अकेलापन
"नमस्ते, सौरभ जी। आपने सही कहा.. मेरा यहाँ आना कठिन हो गया था।       …"
6 hours ago
vijay nikore commented on Saurabh Pandey's blog post नवगीत : सूर्य के दस्तक लगाना // सौरभ
"प्रिय सौरभ भाई, नमस्ते।आपका यह नवगीत अनोल्हा है। कई बार पढ़ा, निहित भावना को मन में गहरे उतारा।…"
7 hours ago
लक्ष्मण धामी 'मुसाफिर' commented on लक्ष्मण धामी 'मुसाफिर''s blog post देवता क्यों दोस्त होंगे फिर भला- लक्ष्मण धामी "मुसाफिर"
"आ. भाई सौरभ जी सादर अभिवादन। गजल पर उपस्थिति और विस्तृत टिप्पणी से मार्गदर्शन के लिए हार्दिक आभार।…"
Saturday
लक्ष्मण धामी 'मुसाफिर' commented on लक्ष्मण धामी 'मुसाफिर''s blog post सच काफिले में झूठ सा जाता नहीं कभी - लक्ष्मण धामी 'मुसाफिर'
"आ. भाई सुशील जी, सादर अभिवादन। गजल पर उपस्थिति और उत्साहवर्धन के लिए हार्दिक धन्यवाद।"
Saturday
लक्ष्मण धामी 'मुसाफिर' commented on लक्ष्मण धामी 'मुसाफिर''s blog post आदमी क्या आदमी को जानता है -लक्ष्मण धामी "मुसाफिर"
"आ. भाई रवि जी सादर अभिवादन। गजल पर आपकी उपस्थिति का संज्ञान देर से लेने के लिए क्षमा चाहता.हूँ।…"
Saturday

सदस्य टीम प्रबंधन
Saurabh Pandey commented on Ashok Kumar Raktale's blog post ग़ज़ल
"आदरणीय अशोक भाई, आपके प्रस्तुत प्रयास से मन मुग्ध है. मैं प्रति शे’र अपनी बात रखता…"
Friday

सदस्य टीम प्रबंधन
Saurabh Pandey commented on Saurabh Pandey's blog post नवगीत : सूर्य के दस्तक लगाना // सौरभ
"रचना पर आपकी पाठकीय प्रतिक्रिया सुखद है, आदरणीय चेतन प्रकाश जी.  आपका हार्दिक धन्यवाद "
Friday

सदस्य टीम प्रबंधन
Saurabh Pandey commented on Saurabh Pandey's blog post नवगीत : सूर्य के दस्तक लगाना // सौरभ
"उत्साहवर्द्धन के लिए हार्दिक धन्यवाद, आदरणीय अशोक भाईजी "
Friday
Ashok Kumar Raktale posted blog posts
Friday
Chetan Prakash commented on Saurabh Pandey's blog post नवगीत : सूर्य के दस्तक लगाना // सौरभ
"नव वर्ष  की संक्रांति की घड़ी में वर्तमान की संवेदनहीनता और  सोच की जड़ता पर प्रहार करता…"
Friday
Sushil Sarna posted blog posts
Friday

© 2026   Created by Admin.   Powered by

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service