For any Query/Feedback/Suggestion related to OBO, please contact:- admin@openbooksonline.com & contact2obo@gmail.com, you may also call on 09872568228(योगराज प्रभाकर)/09431288405(गणेश जी "बागी")

भोजपुरी भाषा के संवैधानिक मान्यता देवे के राह के तकनिकी बाधा दूर भईल : आर के सिंह

नई दिल्ली 12 दिसम्बर 2012, केन्द्रीय गृह मंत्रालय के आमंत्रण पर बिहार भोजपुरी अकादमी के अध्यक्ष प्रो रविकांत दुबे जी भोजपुरी भाषा के भारतीय संविधान के आठवीं अनुसूची में शामिल करावे के अपना राष्ट्रीय मुहीम के अउरो जादे प्रभावशाली बनावे खातिर आजु दिनांक 12 - 12 - 12 के भारत के गृह सचिव श्री आर के सिंह जी के संगे नार्थ ब्लॉक्, नई दिल्ली में लमहर बात चीत कईलें । श्री दूबे अपना संगे करीबन 150 पृष्ठन के कागजातों लाइल रहलन, जेके केन्द्रीय गृह सचिव के दिहलन ।

गृह सचिव सब कागज़ पतर देखला के बाद कहलन कि जवन उनुका चाहत रहे उ अब मिल गईल । मीडिया क्लब के महासचिव अउर भोजपुरी पंचायत के प्रकाशक सह संपादक श्री कुलदीप कुमार जी गृह सचिव से पूछलन कि का अब भोजपुरी भाषा के संवैधानिक दरजा मिले खातिर सब रोकावट दूर हो गईल ? त श्री आर के सिंह कहलन कि श्री दुबे जेतना कागज़ पतर उनके दिहले बाडन वोमे उ सब बा जवन उनके चाहत रहे अउर अब कुल तकनिकी अड़चन दूर हो गईल बा, अब उ लोग भोजपुरी भाषा के संवैधानिक दरजा देवे के परकिरिया तेजी से करी ।

आपन पछ रखत श्री दुबे कहलन कि भोजपुरी भाषा अउर एकर साहित्य के इतिहास तक़रीबन एक हजार सालों से ढेर पुरान बा । भोजपुरी में आठ से दस हजार किताबन के प्रकाशित कईल जा चुकल बा, जेकरा में भोजपुरी व्याकरण, शब्दकोष, तुलनात्मक अध्ययन, भाषा अउर साहित्य के इतिहास, आधुनिक लेखन, गद्य, पद्य सहित सभे विधा उच्च स्तरीय पुस्तक शामिल बा । भोजपुरी में पचासों से अधिका पत्रिका प्रकाशित हो रहल बा ।एकर सूचीयों गृह मंत्रालय के दिहल गईल ।

भारत में भोजपुरी भाषा के फिलिम एके साथे 14 राज्यन में रिलीज कईल जाला । हिंदी के बाद सबसे अधिका फिलिम भोजपुरी में बन रहल बा । भोजपुरी फिलिम के बज़ार आजु बहुते व्यापक हो गईल बा, एकरा से गैर भोजपुरी भाषी लोगो के बहुते बड़ तादाद में रोजगार मिलल बा । आजु अमेरिका, इंग्लैंड, कनाडा, जेर्मनी अउर आस्ट्रेलिया जईसन विकसित देशन में एकर मांग बा ।

भोजपुरी भाषा में प्राथमिक, माध्यमिक, इंटर, स्नातक, स्नातकोत्तर स्तर से लेके पी. एच. डी. स्तर की पढ़ाई भिन्न-भिन्न संस्थान अउर विश्वविद्यालयन मे होत बा । एमे वीर कुंवर सिंह विश्वविद्यालय आरा, जय प्रकाश विश्वविद्यालय छपरा, बी. आर. आंबेडकर विश्वविद्यालय मुजफ्फरपुर, बिहार विद्यालय परीक्षा समिति, इंदिरा गाँधी मुक्त विश्वविद्यालय के देश भर के अध्यन केंद्र, नालंदा खुला विश्वविद्यालय, बनारस हिन्दू विश्वविद्यालय, राष्ट्रीय खुला विश्वविद्यालय सहित अनेको संस्थान शामिल बा ।

एह उपलब्धि पर ओपन बुक्स ऑनलाइन परिवार के तरफ से भोजपुरिया समाज के बहुत बहुत बधाई बा ।
(सभार : मिडिया क्लब ऑफ़ इंडिया) 

Views: 1027

Replies to This Discussion

आजु ई समाचार आ सूचना से सही कहीं त हमार आ हमरा अस करोड़न भोजपुरिहा लोगन के मन के ’इण्डिया अप’ हो गइल बा, गनेस भाई. ..

आदरणीय आर.के.दुबेजी अपना ओबीओ के सम्मानित सदस्य हवन. आदरणीय दुबेजी के एह एकवटल काम के कवनो शब्द से बधाई कम पड़ी.  जय भोजपुरी.. .

सच कहीं त ई समाचार से मन में जौन सुख भईल, ओके बता नईखी सकत ! शब्दे नईखे मिलत ! अब त एतने कहब कि ई सुकरम ला आदरणीय रविकांत दुबे जी के अनंत अनंत बधाई ! अब भगवान से इहे अरज बा कि जेंगा भोजपुरी संवैधानिक बनला के रस्ता से तकनीकी दीकि हटल, ओहिंगा  जल्दी से जल्दी भोजपुरी संवैधानिक बन भी जाव ! जय भोजपुरी !

           भोजपुरी क ई समाचार मन के झुमाय दिहलस ,

           बधाई उ सब लोगन के जे जी जान से लागल बाडन  जा।

RSS

कृपया ध्यान दे...

आवश्यक सूचना:-

1-सभी सदस्यों से अनुरोध है कि कृपया मौलिक व अप्रकाशित रचना ही पोस्ट करें,पूर्व प्रकाशित रचनाओं का अनुमोदन नही किया जायेगा, रचना के अंत में "मौलिक व अप्रकाशित" लिखना अनिवार्य है । अधिक जानकारी हेतु नियम देखे

2-ओपन बुक्स ऑनलाइन परिवार यदि आपको अच्छा लगा तो अपने मित्रो और शुभचिंतको को इस परिवार से जोड़ने हेतु यहाँ क्लिक कर आमंत्रण भेजे |

3-यदि आप अपने ओ बी ओ पर विडियो, फोटो या चैट सुविधा का लाभ नहीं ले पा रहे हो तो आप अपने सिस्टम पर फ्लैश प्लयेर यहाँ क्लिक कर डाउनलोड करे और फिर रन करा दे |

4-OBO नि:शुल्क विज्ञापन योजना (अधिक जानकारी हेतु क्लिक करे)

5-"सुझाव एवं शिकायत" दर्ज करने हेतु यहाँ क्लिक करे |

6-Download OBO Android App Here

हिन्दी टाइप

New  देवनागरी (हिंदी) टाइप करने हेतु दो साधन...

साधन - 1

साधन - 2

Latest Activity

Admin added a discussion to the group चित्र से काव्य तक
Thumbnail

'ओबीओ चित्र से काव्य तक' छंदोत्सव अंक 176

आदरणीय काव्य-रसिको !सादर अभिवादन !!  ’चित्र से काव्य तक’ छन्दोत्सव का यह एक सौ…See More
7 hours ago
Admin posted a discussion

"ओ बी ओ लाइव महा उत्सव" अंक-183

आदरणीय साहित्य प्रेमियो, जैसाकि आप सभी को ज्ञात ही है, महा-उत्सव आयोजन दरअसल रचनाकारों, विशेषकर…See More
7 hours ago
लक्ष्मण धामी 'मुसाफिर' commented on Sushil Sarna's blog post दोहा पंचक. . . . संयोग शृंगार
"आ. भाई सुशील जी, सादर अभिवादन। संयोग शृंगार पर सुंदर दोहे हुए हैं। हार्दिक बधाई।"
10 hours ago
Sushil Sarna posted a blog post

दोहा पंचक. . . . संयोग शृंगार

दोहा पंचक. . . .संयोग शृंगारअभिसारों के वेग में, बंध हुए निर्बंध । मौन सभी खंडित हुए, शेष रही…See More
Sunday
लक्ष्मण धामी 'मुसाफिर' posted a blog post

घर के रिवाज चौक में जब दान हो गये -लक्ष्मण धामी 'मुसाफिर'

२२१/२१२१/१२२१/२१२ ****** घर के रिवाज चौक में जब दान हो गये उघड़े  शरीर  आप  ही  सम्मान  हो गये।१। *…See More
Saturday
Sushil Sarna posted a blog post

दोहा पंचक. . . दिल

दोहा पंचक. . . . . दिलरात गुजारी याद में, दिन बीता बेचैन । फिर से देखो आ गई, दिल की दुश्मन रैन…See More
Friday
Jaihind Raipuri commented on Jaihind Raipuri 's blog post ग़ज़ल
"क्षमा कीजियेगा 'मुसाफ़िर' जी "
Thursday
Jaihind Raipuri commented on Jaihind Raipuri 's blog post ग़ज़ल
"आदरणीय भाई लक्ष्मण धामी 'मुसफ़िर' जी सादर अभिवादन बहुत शुक्रिया आपने वक़्त निकाला आपकी…"
Thursday
लक्ष्मण धामी 'मुसाफिर' commented on Jaihind Raipuri 's blog post ग़ज़ल
"आ. भाई जयहिंद जी, सादर अभिवादन। सुंदर गजल हुई है। भाई रवि जी की सलाह से यह और निखर गयी है । हार्दिक…"
Feb 5
Sushil Sarna posted a blog post

दोहा पंचक. . . दिल

दोहा पंचक. . . . . दिलरात गुजारी याद में, दिन बीता बेचैन । फिर से देखो आ गई, दिल की दुश्मन रैन…See More
Feb 4
Jaihind Raipuri commented on Jaihind Raipuri 's blog post ग़ज़ल
"ग़ज़ल 2122   1212  22 आ कभी देख तो ले फ़ुर्सत में क्या से क्या हो गए महब्बत में मैं…"
Feb 4

सदस्य टीम प्रबंधन
Saurabh Pandey commented on Saurabh Pandey's blog post नवगीत - भैंस उसी की जिसकी लाठी // सौरभ
"  आपका हार्दिक धन्यवाद, आदरणीय लक्ष्मण धामी ’मुसाफिर’ जी   "
Feb 4

© 2026   Created by Admin.   Powered by

Badges  |  Report an Issue  |  Terms of Service